पहुँचल घरे घरे जब से योजना भारत सरकार के,
प्रधानमंत्री करत बारन तरक्की हर एक द्वार के।
जन धन योजना सब गरीब के बैंक से बा जोड़ले,
प्रधनमंत्री उज्जवला योजना घर एको ना छोड़ले।
स्वच्छ भारत मिशन चमकवले बा भारत के गाँव के,
प्रधानमंत्री आवास योजना सर पर दिहलस छाँव के।
भ्रष्टाचारियन पर रहत बा नजर चौकिदार के,
प्रधानमंत्री करत बारन तरक्की हर एक द्वार के।
प्रधानमंत्री फसल बीमा से डर ना अब नुक्सान के,
लहलहात अब खेत बड़ुवे रवि जायद आ धान के।
किसान सम्मान निधि से किसान के बा ठाट अब,
आमद दोगुना हो रहल जोहे ना खाद के बाट अब।
प्रधानमंत्री मुद्रा लोन से सृजन नव रोजगार के,
प्रधानमंत्री करत बारन तरक्की हर एक द्वार के।
गरीबन के इलाज खाति बनल सहारा आयुष्मान,
पइसा के आभाव में ना अब जाता केहू के जान,
प्रधानमंत्री गरीब कल्याण अन्न योजना बा भारी,
खुश बारन एह योजना से अस्सी करोड़ नर नारी
जल जीवन मिशन पहुँचावे हर घर जल के धार के
प्रधानमंत्री करत बारन तरक्की हर एक द्वार के।
- अभिषेक भोजपुरिया

No comments:
Post a Comment