Wednesday 24 August 2011

भोजपुरिया के कविता भोजपुरिया रस में

बदमासन के नेता

काल्ह अचके अन्धरिया में ,
ऐगो मोर पुरान संघतिया आइल .
रहे उ भितरी से पुरा धाधाइल
आवते उ हमरा के भर पाजा धर लेलस ,
अंकवारी मे भर लेलस ,
हम त पहिले चिन्हनी ना ,
कहनी ! अरे भाई तु के हव ,
आ एतना काहे अगराईल बार ,
का कवनो सोना के कंगन
हाथे लागल बा,
जे एतना धाधाईल बार ?
अलगा हट के लालटेन जरवनी
आ उनका मुँह पर देखवनी
तापाक से उ कहलस हमरा के चिन्हल !
हम तोहर पुरान संघतीया ,
तोहर यार लंगोटीया ,
हम कहनी एतना दिन कहाँ रहले ह ,
कवनो जेल में ?
कहलस ना !
त कहा रहले ह
उ कहलस नइख जानत .
जेल से त 10 साल पहिले भाग गइनी ,
आ जा के झारखंड के ,
कोइलरी में लुका गइनी,
ओजा आपन एगो गेंग बनवानी
ओकनी पर 10 साल शाषन चलवनी
हम पुछनी जे एतना दीन बाद
आज इहाँ कइसे ?
का अब ओजा लुकाए के
गुंजाइस नइखे .
उ कहलस ना रे बुरबक
नाम बदल लेनी ,
काम बदल लेनी ,
आ के तोरा क्षेत्र से
चुनाव लर लेनी .
इमानदार नेता लोग के ,
खुब हरकवनी ,
क्षेत्र भर तेल भर के
मोटरसाइकल चलवनी ,
केहु के बोली से , केहु के गोली से
जे ना मानल उ उठ गइल
उजर चुनरी ओढ डोली से .
रिजल्ट आइल चुनाव के ,
रीकार्ड भोट से जीत गइनी ,
बदमास के सरदार रहनी
इमानदार लोग के मीत भइनी .
सबसे पहिले अपना उपर
लागल इलजाम मेटा देनी ,
जे गवाह ना मानल ओकरा के
हमेशा ला लेटा देनी .
देख यरवा तोर इमनदारी ,
तोरा धइली बा लाचारी ,
घर मे तोरा बेमार महतारी ,
तन पर नइखे निमन एगो सारी .
हमरा के देख –
घुमत बानी हर दम एसी कार में
नया नया कानून रोज
बनाई सरकार में
लरिका हमार पढे ,
संत . माइकल स्कूल में ,
मेहरी मोर घुमेले
ब भेयर चुल में
तोर सब पढल बेकार हो गइल .
लरिका लाचार हो गइल .
तब ले धायं-धायं
दरवाजा पिटाए लागल
जिव घबराय लागल ,
हमार नेता दोस्त
थरथारएल लागल
दरवाजा खोलनी सामने पुलिस रहे ,
जवंन नेता जी के गिरफ्तारी खातीर
पुलिसन के लगवले जुलुस रहे .
नेता जी घेरा गइलें .
एगो पुरान केस में पुलिस के
चंगुल में पेरा गइलन .
तब हम कहनी-
तु सही कहले ह .
हमार पढल बेकार हो गइल .
लेकीन सुन हमार चार लइका –
जवन सबसे बड रहे उ
प्रो0 . हो के बेकार हो गइल ,
ओकरा ले छोट बेटा –
डा0 हो के बेमार हो गइल ,
आ ओकरा ले छोट बेटा -
इंजीनीयर हो के लचार हो गइल .
आ हमार सबसे छोट बेटा
जवान के हम नालायक समझत रही -
उहे आज एह देश के करणधार हो गइल !
           



No comments:

Post a Comment